Last Updated on जुलाई 4, 2020 by Team THIP
सारांश
फेसबुक पे एगो वायरल मैसेज में दावा करल गइल बा कि COVID-19 के इलाज ला ग्लेनमार्क फार्मास्यूटिकल्स द्वारा हाल ही में परचार करल गइल रहे की फैबीफ्लू 200 mg के एगो गोली के दाम 103 रुपैय्या बा। लीवफाविर लिवैलथ बायो फार्मा कंपनी द्वारा बनाइल गइल बा, जे समान संरचना के बहुत सस्ता दवा बा। हमनी के जब जांच करनी त पता लागल कि भले दवा लिफावीर के दाम शुरू में सस्ता सूची में करल गइल रहे मगर ऊ गलती से होगईल रहे। सूची के बाद में हटा देवल गइल रहे और वायरल सोशल मीडिया के खबर अधिकतर गलत रहे।
दावा
एगो फेसबुक पोस्ट में दावा करल गइल बा की “फैबफ्लू 200 मिलीग्राम ग्लेनमार्क द्वारा एकर कीमत 103 रुपैय्या एगो गोली राखल गइल बा। हम पूछ ताछ के बाद पयनी, की इ पहले से ही भारत के बाजार में फेविपिरविर का एगो ब्रांड मौजूद बा, जेकर नाम ‘लीवफाविर’ बा, जेकर आधार मुंबई की एगो कंपनी लिवैलथ बायो फार्मा प्राइवेट लिमिटेड द्वारा करल जाइला – और लीवफाविर 200mg के एक दस गोली के पत्ता 200 रुपैय्या के लागत बा – मतलब एगो टैबलेट 20 रुपैय्या (ग्लेनमार्क ब्रांड का 1/5 से कम)”।
फेसबुक पोस्ट के एक स्नैपशॉट नीचे देवल गइल बा और ओकरे से संग्रहीत संस्करण के यह देखल जा सकेला।
साँच के पड़ताल
फैबिफ्लू का होवेला?
फैबिफ्लू ग्लेनमार्क फार्मास्यूटिकल्स द्वारा आधारित एगो परचा पे देबे वाला वायरल विरोधक दवा बा। दवा के मुख्य अंश फेवीपिरवीर बांटे जे जापान में इन्फ्लूएंजा के उपचार ला अनुमोदित देवेला। इ चुनिंदा रूप से आरएनए पोलीमरेज़ को रोकेला, जे वायरल केप्रतिकृति ला जरूरी बा। भारत में फैबीफ्लू के दाम 34 गोली के एक पट्टी ला 3,500 रुपय्या बा यानी एगो गोली के दाम 103 रुपय्या बा।
लीवफाविर का होवेला?
लीवफाविर लिवैलथ बायो फार्मा द्वारा बनाएल गइल एगो ब्रांडेड दवाई ह। फैबिफ्लू जइसन, लीवफाविर के भी मुख्य अंश फेवीपिरवीर बांटे।
का लीवफाविर फैबिफ्लू से सस्ता बाटे?
जबकि शुरू में लीवफाविर, फैबीफ्लू से, सस्ता सूची में डालल गइल रहे, कंपनी हे पे दवा कर्लस की इ मार्केटिंग टीम के गलती रहल।
“हमनी के एकठो गोली के दाम 200 रुपय्या लिखेके रहे और एकरा बनावेला इजाजत भी मिल गइल रहे, हलाकि भविष्य में एकरा के बाजार में उतारे के या बेचेला तरकीब नइखे बनावत और सब परचार हटा देल गइल बा” लिवैलथ बायो फार्मा के निदेशक संजय पाटिल जी बूम लाइव के बतइलन।
लिवैलथ बायो फार्मा ओकरे आधार पे एगो अधिकारित ट्विटर पे बयान देलस ह।
का अभी कही लीवफाविर मिलता?
कंपनी अपन उत्पाद के बाजार से पूरा तरह से वापस लेवे का दावा करले बा। हमनी के गुड़गांव, बैंगलोर और कोलकाता में कुछो फार्मासिस्टों से पूछताछ करनी, जेमे सभनि लोग पक्का करलन कि लिवफवीर उनकरा पास हइये नइखे। हमनी के 1MG, Medlife, Pharmeasy सगरो प्रमुख भारत के ऑनलाइन फ़ार्मेसी के जांच करनी । लिवफेयर उंहा भी नइखे।
इंडिया मार्ट जहां पे दवाई के सूची सबसे पहिले डालल गइल रहे, ऊ भी सूची के हटा देलन।
Disclaimer: Medical Science is an ever evolving field. We strive to keep this page updated. In case you notice any discrepancy in the content, please inform us at [email protected]. You can futher read our Correction Policy here. Never disregard professional medical advice or delay seeking medical treatment because of something you have read on or accessed through this website or it's social media channels. Read our Full Disclaimer Here for further information.