सारांश
एगो दावा जउन के सोशल मीडिया में करल जात रहे की यूनिहर्ब्स हेल्थकेयर जो यूनी-स्टो नाम से सिरप बनैले रहे ऊ ४ घण्टे में आदमी के शरीर से पथरी रोग के ठीक करदी। हमनी के जब जांच करनी तो पता चलल की अइसन कोनो सिरप हइये नइखे। दावा झूट निकलल।
दावा
एगो फेसबुक उपयोग करेवाला एगो पैकेट के फोटो डालके हर्बल सिरप के दवा करत रहलन। पैकेट पे लिखल जानकारी से पता चलल की बनाये वाले कंपनी के नाम यूनिहर्ब्स हेल्थकेयर बा और सिरप के नाम यूनी-स्टो बा। पैकेट में पढ़े से पता चलल की ओमे गुर्दा के दिक्कत के लेके रस्याण सूत्रीकरण लिखल बाटे। फोटो के साथ इहो लेखल रहे की ई सिरप ४ घण्टे में आदमी के शरीर से पथरी रोग के ठीक करेला।
पोस्ट का संग्रहीत संस्करण यहां देखल जा सकेला।
पोस्ट के आशुचित्र निचे देल गइल बा।

साँच के पड़ताल
कोनो यूनिहर्ब्स हेल्थकेयर नाम के कंपनी बाटे?
हमनी के पड़ताल करनी कॉर्पोरेट कार्य मंत्रालय, भारत सरकार से। पता चलल युनीहर्ब्स हेल्थ केयर नाम से कोनो कंपनी दर्ज नइखे। दुगो कंपनी मिलल अइसन मिलता जुलता नाम से:
- युनिहरबल लाइफ साइंस प्राइवेट लिमिटेड कंपनी जो आयुर्वेदिक दवा बनावेला
- युनिहर्ब्स ४ लाइफ प्रोडक्ट्स प्राइवेट लिमिटेड जो आयुर्वेदिक दवाई बनावेला मगर ज्यादातर थर्ड पार्टी उत्पादक बाटे
हमनी के पड़ताल कइनी युनिहर्बल लाइफ साइंस प्राइवेट लिमिटेड से। कंपनी हमनी के पक्का कईलस की युनि-स्टो उनकर उत्पाद हईये नइखे।
हमनी के युनिहर्ब्स ४ लाइफ प्रोडक्ट्स प्राइवेट लिमिटेड में भी गइनी ई पता करें की खातिर की कही ई कंपनी कउनो दूसर कंपनी ला उत्पाद तां ना करेला। पर अभी तक हमनी के कुच्छो जवाब उँहा से ना मिलल। हमनी के जैसे कउनो जानकारी मिली रउवा लोग के बता देईल जाई।
हालाँकि युनिहर्ब्स हेल्थ केयर के लोगो एकदम मेल ना खाइल जौनो कंपनी के नाम ऊपर लिखल बाटे। और जो नाम कंपनी के पैकेट पे लिखल बाटे ऊ नाम ऊपर देल गइल कंपनी से नइखे मिलत नाही भारत में ऐइसन कोनो कंपनी बा।
ता अइसन शायदे हो सकेला की अइसन टाइप के दवाई या कोनो पोषण वाला दवा मिल सकी।
का ई हो सकेला की यूनिस्टो नाम से सिरप कोनो और कंपनी बनावत होई?
यूनिस्टो कंपनी व्यापार चिन्ह के साथ एक पंजीकृत स्वीटसेरलैंड कंपनी बाटे जे सुरक्षा उत्पाद में कार्य करेला। तो अइसन ना हो सकेला की यूनिस्टो नाम से वैध उतपाद कउनो समान्नित कंपनी के होई।
हालाँकि भारत में बहुते आयुर्वेदा सूत्रीकरण से सामान बनावल और बेचल जाइला, कोई कुछ सिमित समय ला बनाके पहर रोकदेला, ता इ कहल बारे मुश्किल बा की कभी इ सिरप के प्रचारकरण भारत के कोनो हिस्सा में भइल रहे या ना।
हमनी के एगो आयुर्वेदिक डॉक्टर से दिल्ली में भेट भएल जिनकर नाम रहे डॉक्टर राजीब भटिआ, बीए एम्स, जे पुष्टि कइलन की “आयुर्वेदा सूत्रीकरण पथरी रोग पर कुछ हद तक कारगर सिद्ध भइल बा। हम युनि-स्टो नाम से कोनो सिरप के नाम नइखे सुनली।”
Disclaimer: Medical Science is an ever evolving field. We strive to keep this page updated. In case you notice any discrepancy in the content, please inform us at [email protected]. You can futher read our Correction Policy here. Never disregard professional medical advice or delay seeking medical treatment because of something you have read on or accessed through this website or it's social media channels. Read our Full Disclaimer Here for further information.