सारांश
व्हाट्सएप पर एकठो सन्देश कई बार सामने आयिल बा जेमे इ दावा बा की गरम नारियल के पानी पिए से कैंसर ठीक हो सकेला। इ दावा के मुंबई मेंटाटा मेमोरियल सेंटर के निदेशक डॉ राजेंद्र बडवे ने मान्यता देले बारन। हमनी के इ दावा के जांच की और पाया की यह पूरी तरह से गलत मिलल।
दावा

व्हाव्हाट्सएप पे एगो सन्देश कई बार सामने आयिल बा जे इ दावा करल गइल बा की गरम नारियल पानी पिए से कैंसर ठीक हो सकेला। सन्देश इ दावा करेला की नारियल के फांक और गरम पानी के मिश्रण “क्षारीय/अम्ल” बन जायेला और शरीर के घातक कोशिकाएं के मारेला।
साँच के पड़ताल
इ कथनी के बारे में डॉक्टर राजेंद्र बावडे का कहेलन?
मुंबई के टाटा मेमोरियल सेण्टर के डॉ राजेंद्र बावडे जे इ दावा के मान्यता देले बारन, इ दावा से इंकार करेलन। ओकरे बारे में मीडिया रिपोर्ट्स इंहा और इंहा देवल गइल बा।
का नारियल का पानी कैंसर के इलाज कर सकेला?
ई दावा के दुनिया के प्रमुख तथ्य चेक प्लेटफॉर्म्स भी नकार देलस। उ में से कई त वरिष्ठ ऑन्कोलॉजिस्ट को उद्धृत करले बारन। (स्रोत: इंहा क्लिक करें और इंहा क्लिक करें)
हमनी के वरिष्ठ ऑन्कोलॉजिस्ट डॉ मनीष सिंघल से बात कइनी। उनकर कहना बा की “जे डॉक्टर के इ दावा का श्रेय जायेला ऊहे इ कथनी के खंडन करेलन। इ मिथक के साँच मान के बहुत्ते रोगि आपन नियमित उपचार बंद कर देले बारे। इ पूरा तरह से झूठ बा। हालाँकि नारियल के पानी अपने आप में स्वास्थ्य ला लाभदायक बा जेकरा से हाइड्रेटेड रखे में मदद करेला, लेकिन इ कैंसर का इलाज ना कर सकेला।”
का क्षारीय घोल कैंसर को ठीक कर सकेला?
इस पोस्ट में इ भी दावा करल गइल बा की गरम नारियल के पानी से कैंसर को ठीक करे के क्षमता एकर “क्षारीय” प्रकृति से आवेला। इ संदर्भ में डॉसिंघल कहेलन “कैंसर के ठीक करे वाला इ क्षारीय भोजन एकठो मिथक बा जो प्रयोगशाला में पेट्री डिश परकरल गइल कुछ शोधों से सामने आयल बा। मानव शरीर अलग तरह से काम करेला। भोजन के माध्यम से शरीर के PH को अम्लीय या क्षारीय ना बनावल जा सकेला। अगर कौनो तरहशरीर का PH बदल जायेला, तो एगो व्यक्ति के ICU में ले जा सकेला।”
क्या नारियल पानी और कैंसर पर एकर प्रभाव पर चिकित्सा शोध बा?
कैंसर कोशिकाओं पे नारियल पानी के प्रभाव के विषय में कुछ चिकित्सा अनुसंधान बा और ज्यादातर मामला में, परिणाम सकारात्मक बाटे।
हाल ही में 2019 में करल गइल एगो अनुसंधान में नारियल पानी के सिरका के संभावित कैंसर विरोधी पूरक आहार पायल गइल बा। इ अध्यन में स्तन कैंसर कोशिकाओं पर नारियल पानी के सिरका के ट्यूमर विरोधी प्रभावों की जांच करल गइल और परिणाम सकारात्मक मिलल बा।
एगो अन्य शोध में, हरा नारियल के पानी में ऋणात्मक(एनाओनिक) कैंसर विरोधी पेप्टाइड पायल गइल बा, जेकर अर्थ बा कि ऊ कुछ हद तक कैंसर से बचावे में सक्षम मानल गइल बा।
लेकिन ऐपे ध्यान देवे के जरूरत बा की एकरा में अधिकांश शोध इन-विट्रो करल गइल बा यानी की कोशिकाओं पे इ शोध प्रयोगशाला वातावरण में करल जायेला। वास्तव में ओमे से बहुत कम मनुष्यों पे वास्तविक जीवन में करल गइल बा। इसलिए, ऊ आगे के अध्ययन या बेहतर आहार के संकेत के रूप में कार्य करेलन, लेकिन ओमे नियमित उपचार प्रतिस्थापन के रूप में ना माने के चाहीं।
Disclaimer: Medical Science is an ever evolving field. We strive to keep this page updated. In case you notice any discrepancy in the content, please inform us at [email protected]. You can futher read our Correction Policy here. Never disregard professional medical advice or delay seeking medical treatment because of something you have read on or accessed through this website or it's social media channels. Read our Full Disclaimer Here for further information.